भोजपुरी समाज, दिल्ली के सम्मान समारोह
-

“पूर्वांचल के माटी उर्वर हटे.एहिजा के लोग दिल्ली का, कतहीं अपना मेहनत से मिट्टी के सोना बना देलन.” ई बात रविवार, दिनांक 25 जून के इंडिया इंटरनेशनल सेंटर में भोजपुरी समाज, दिल्ली द्वारा सम्मान समारोह का अवसर पर सांसद आ दिल्ली बीजेपी के अध्यक्ष मनोज तिवारी कहलें. ऊ जनता का सङहीं भोजपुरी समाज के भी ओकरा द्वारा कइल जा रहल भाषा के विकास का साथे-साथ समाज के जोड़ेवाला प्रयासन खातिर धन्यवाद ज्ञापित कइलें.  भोजपुरी समाज, दिल्ली के अध्यक्ष श्री अजीत दुबे अपना बीज वक्तव्य में आगंतुक लोगन का प्रति सभ पूर्वांचली लोगन का ओर से शुभकामना व्यक्त कइलें.

एह सम्मान समारोह में नवनिर्वाचित सभे पूर्वांचली पार्षद लोगन के पुष्प-गुच्छ देके आ शॉल ओढ़ाके अभिनन्दन कइल गइल। कार्यक्रम के एही क्रम में साहित्यकार केशव मोहन पाण्डेय के सद्यःप्रकाशित भोजपुरी कविता के किताब ‘जिनगी रोटी ना हs’ के मंचासीन अतिथि लोगन का कर कमलन से विमोचन  कइल गइल।

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts