भोजपुरी सिनेमा के स्वर्ण जयन्ती का अवसर पर पटना में समारोह

भोजपुरी सिनेमा के स्वर्ण जयन्ती का अवसर पर पटना में आजु १४ फरवरी से १६ फरवरी तक तीन दिन के विशेष कार्यक्रम हो रहल बा जवना के आयोजन फाउंडेशन फॉर मीडिया कल्‍चर एंड सिनेमा अवेयरनेस कर रहल बा. कार्यक्रम पटना के ए एन सिन्हा इंस्टीच्यूट आ श्रीकृष्ण मेमोरियल हाल में आयोजित कइल गइल बा. एह दौरान भोजपुरी सिनेमा के पचास साल के कुछ चुनल फिलिम देखावल जाई जवना में गंगा मइया तोहे पियरी चढ़इबो, बलम परदेसिया, हमार संसार, ससुरा बड़ा पइसा वाला, कब अइबू अंगनवा हमार, देसवा, आ उधेड़बुन जइसन के नाम बा. एह समारोह में भोजपुरियर के शेक्सपियर पद्मश्री भिखारी ठाकुर के मशहूर नृत्य नाटिका बिदेसिया के मंचन संजय उपाध्याय का निर्देशन में देखावल जाई.

भोजपुरी सिनेमा पर एगो परिचर्चो के आयोजन कइल गइल बा जवना में भोजपुरी से जुड़ल लोग शामिल होखी. जइसे कि अभय सिन्‍हा, अनीश रंजन, हृषिकेश सुलभ, त्रिपुरारी शरण, आनंद भारती, अनिल अजिताभ, कुणाल, राकेश पांडेय, शंकर प्रसाद, मनोज भावुक, किरण कांत वर्मा, सिद्धार्थ सिन्‍हा, विनोद अनुपम, आलोक रंजन, पंकज शुक्‍ला, मुन्‍ना कुमार पांडेय, ज्ञानदेव मणि त्रिपाठी, सफदर इमाम कादरी, डॉ सुनील कुमार, विनय बिहारी, रंजन सिन्‍हा, आ लालबहादुर ओझा.

वरिष्ठ पत्रकार आलोक रंजन एह समारोह में एगो प्रदर्शनिओ लगइहन जवना में भोजपुरी सिनेमा के पचास साल के सफर देखावल जाई.

0 Comments