भोजपुरी सिनेमा देखावे वाला सगरी सिनेमाघर में चलत बा संजय पांडे के कवनो ना कवनो फिलिम
-

Khalifa-Sanjay
हिन्दुस्तान के सिनेमा इतिहास में अइसन शायद पहिला बेर हो रहल बा जब भोजपुरी सिनेमा देखावे वाला हर सिनेमा घर में संजय पाण्डे के कवनो ना कवनो फिलिम देखावल जा रहल बा एह घरी. नायक केहु खलनायक बस संंजय पाण्डे भेंटइहे.

जान जाईं जे एह घरी मुंबई, बिहार, उत्तर प्रदेश, पंजाब ,गुजरात आ पश्चिम बंगाल में चलत भोजपुरी फिलिमन के मुख्य खलनायक संजये पाण्डे बाड़न. अब चाहे उ फिलिम निरहुआ हिन्दुतानी होखो भा दीवानगी हद से, जानेमन, खून भरी मांग, दरिया दिल भा दिल लागल दुपट्टा वाली से. एहसे हिन्दुस्तान के कवनो कोना में चल जाईं, अगर ओहिजा चलत भोजपुरी फिलिम के पोस्टर देखब त खलनायक के चेहरा में हर जगह संजये पांडे लउकीहें.

एह बाति ला आजुकाल्हु सगरी ओर से संजय पाण्डे के बधाई मिलत बा. ।


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts