भोजपुरी सिनेमा में हेलीकाप्टर से शूटिंग

भोजपुरीओ सिनेमा पर अब दिल खोल के खरचा कइल जा रहल बा. पिछला दिने फिल्म “मल्ल युद्ध” के शूटिंग में एक्शन सीन शूट करे खातिर भाड़ा पर हेलीकाप्टर मँगावल गइल आ खंडाला घाट में रविकिशन, शुभम तिवारी, आ रानी चटर्जी पर हेलीकाप्टर में कैमरा लगवा के शूटिंग कइल गइल. चाँद मेहता के निर्देशन में बनत एह फिल्म के निर्माण सुनील चौहान करावत बाड़े. फिल्म जल्दिये रिलीज होखे वाली बा.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Submit a Comment