भोजपुरी सुपर स्टार पवन सिंह जोगी बन गइले

भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार अब जोगी का वेष में नजर आवे वाला बाड़े. पिछला दिने रिलीझ भइल संदीप श्रीवास्तव के फिल्म सईंया के साथ मड़ईया में के अपार सफलता से गदगद पवन सिंह कहलें कि ऊ अपना नयका फिल्म गंगा पुत्र खातिर बहुत उत्साहित बाड़े. एह फिल्म में ऊ अइसन जोगी का भूमिका में बाड़े जे दिन का उजाला में त जोगी बनल रहेला बाकिर रात में कुछ अउर बन जाला. विनय बिहारी के लिखल कहानी आ गीत से सजल गंगा पुत्र का बारे में पवन सिंह के कहनाम बा कि उनका उम्मीदे ना भरपूर विश्वास बा कि भोजपुरी सिनेमा के इतिहास में ई फिल्म मील के पत्थर साबित होखी.

Pawan Singh

फिल्म के कहानी का बारे में बतावत पवन सिंह कहलें कि नायक के पिता के हत्या कर दिहल जाता, महतारी पर अत्याचार कइल जाता आ तब जोगी बनल नायक आपन जवन करिश्मा देखावत बा उहे एह फिल्म के खासियत बा. फिल्म के नायिका मोनालिसा बाड़ी. पवन सिंह आ मोनालिसा के जोड़ी आजुकाल्ह भोजपुरी सिनेमा में राज करत बा. लोक गायक से नायक बनल पवन सिंह का आवाज में सुर के जादू बा त उनका अभिनय में माटी के खुसबू बा. पवन सिंह के डायलाग डेलिवरी लाजवाब होला आ ओहपर से जबरदस्त एक्शन करे के उनकर जज्बा उनका के भोजपुरी के दोसरा स्टारन से अलगा कर देला,


(स्रोत : मो॰खालिद )

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।