मधु सिंह परोसीहें ’ठोक देब’

madhu-singhयश एण्ड राज इन्टरटेनमेंट कें बैनर तले बने जात भोजपुरी फिलिम ’ठोक देब’ के परोसीहें मधु सिंह. ई फिलिम पूरा तरह से मार-धाड़ आ कॉमेडी भरल बा. एकर निर्माण नरेन्द्र कौर सिमरन आ जे. नीलम जी करत बाड़ी. मुख्य अभिनेता के फैसला अबहीं नइखे भइल. शूटिंगो के घोषणा जल्दिए कइल जाई. निर्देशन करीहें अजय कुमार जे “पागल प्रेमी” आ “यादव पान भण्डार” जइसन फिलिमन के निर्देशन कर चुकल बाड़न.

लेखक सुरेन्द्र मिश्रा, गीत-संगीत एस. कुमार, नृत्य रामदेवन, महेश अचार्य, आ फाईट सिंह इज किंग के बा. मुख्य कलाकारन में सुजित गुप्ता, अक्षरा सिंह, दिव्या द्विवेदी, गोपाल राय, बिपिन सिंह, निलिमा सिंह, सीमा सिंह, संगीता तिवारी, शिवानी सावंत, आ ब्रजेश त्रिपाठी बाड़े.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।