मनोज तिवारी आ राजकुमार पांडे पहिला हाली ‘देवरा भईल दीवाना’ फिलिम से एक साथ
-

मनोज तिवारी

मनोज तिवारी

भोजपुरी सिनेमा के दू गो दिग्गज पहिला हाली एक साथ आइल बाड़ें. मेगा स्टार मनोज तिवारी आ मेगा निर्देशक राजकुमार पांडे अपना नयका फिलिम ‘देवरा भईल दिवाना’ से एक साथ आइल बाड़ें. एह फिलिम में ‘जीना तेरी गली’ फेम युवा स्टार प्रदीप पांडे ‘चिंटू’ ओ के खास भूमिका बा. मनोज तिवारी के नायिका बाड़ी पाखी हेगड़े आ प्रदीप पांडे के नायिका काजल राघवानी.

साईदीप फिल्म्स के बैनर तले बनत ई फिलिम राजकुमार पांडे के पचीसवीं फिलिम ह. पहिला बेर राजकुमार पांडे निर्देशित फिलिम में काम कइला से खुश मनोज तिवारी के कहना बा कि राजकुमार पांडे के हर फिलिम का तरह इहो फिलिम सफल होखी. आ राजकुमार पांडे के कहना बा कि भोजपुरी सिनेमा के आईकॉन मनोज तिवारी संगे पहिले काम ना कर के ऊ बहुत कुछ मिस कंइलें. राजकुमार पांडे के उमेद बा कि अब मनोज तिवारी, पाखी हेगड़े आ प्रदीप पांडे ‘चिंटू’ के केमिस्ट्री ज़रूर भोजपुरी सिनेमा के नया दिशा दी.

‘देवरा भईल दिवाना’ फिलिम में मनोज तिवारी, प्रदीप पांडे ‘चिंटू’, पाखी हेगड़े, काजल राघवानी, बृजेश त्रिपाठी, रितु पाण्डे, के.के. गोस्वामी, सूर्य द्विवेदी, मन्टू लाल, संजय पांडे, अवधेश मिश्रा, अमर ज्योति, गोपाल राय, वंदिनी मिश्रा आ सीमा सिंह मुख्य भूमिका में बा लोग.

निर्माता, निर्देशक, कहानीकार आ संगीतकार राजकुमार पांडे, गीतकार विनय बिहारी, राजकुमार आर. पांडे, अउर कवि प्यारे लाल, कैमरा फिरोज खान. नृत्य पप्पू खन्ना, कानू मुखर्जी अउर रिक्की गुप्ता, आ संवादलेखक संतोष मिश्रा.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts