मनोज तिवारी के क्रिकेट मंदिर आ अउरी फिल्मी खबर

पंकज केसरी के बल्ले बल्ले

भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार पंकज केसरी के आजु काल्हु बल्ले बल्ले हो रहल बा. हालही में रिलीज उनुकर फिलिम त्रिनेत्र आपन पचासवाँ दिन मनवले बा त उनुकर आवे वाली फिल्म “जुदाई” आ “प्यार जिंदाबाद बा” दर्शकन का बीच हॉट केक बन गइल बा. सभे आतुर बा ओकरा के देखे खातिर. पंकज केसरी भोजपुरी के पहिला अभिनेता बाड़न जे दक्षिण भारतीय सिनेमो में आपन पैठ बना लिहले बाड़न. फिल्म ‘त्रिनेत्र’ में पंकज केसरी के अभिनय के जबरदस्त धूम मचल बा. आजुकाल्हु जब भोजपुरी के बड़की बड़की फिल्म बॉक्स ऑफिस पर ढेर हो रहल बाड़ी सँ ओहिजा त्रिनेत्र के मिलल कामयाबी शान के बाति बा. एह फिल्म में पंकज का साथ साथ विनय आनंद, विजय लाल यादव, समर्थ चतुर्वेदी , सीमा पांडेय, दिव्या द्विवेदी, रूबी सिंह आ नवोदित पूजा सिंह मुख्य भूमिका में बावे लोग. पंकज केसरी एह घरी अपना आवे वाली फिल्मन के प्रोमोशन में लागल बाड़े. एहि महीना उनुका हैदरोबाद जाये के बा जहाँ उनुकर एगो तेलुगू फिल्म के शूटिंग होखे वाला बा.


(स्रोत – उदय भगत)


फौलादी तेवर वाला सुशील सिंह छा गइल बाड़न

कलर्स टीवी चैनल के धारावाहिक भाग्यविधाता से घरे घरे चिन्हाये लागल सुशील सिंह के भोजपुरिया एंग्री यंगमैन के उपाधि मिलल हम हईं मुन्ना भईया से. फिल्म सुपर हिट हो गइल त सुशील सिंह के चरचा हर जुबान पर चढ़ गइल. सुशील सिंह के एने कई गो फिल्म ताबड़तोड़ आवे वाली बाड़ी सँ जवना में केहू हमसे जीत ना पाई, राम लखन, अग्निकुण्ड, फौलाद वगैरह खास बाड़ी सँ. भोजपुरी फिल्म के दुनिया में कलाकार त बहुते बाड़े बाकिर आपन लोहा मनवावे वाला गिनले चुनल बाड़े जवना में सुशील सिंह के नाम शान से शामिल बा. एह एंग्री यंग मैन के जलवा आजु पूरा भोजपुरी फिल्मोद्योग में छा गइल बा.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा)


गजब सीटी मारे भईया तोहार साली

हालही में दू गो भोजपुरी फिल्मन के लांचिंग मुंबई के ब्लू वाटर हॉल में कइल गइल जवना में से गजब सीटी मारे भईया तोहार साली के निर्देशन एस॰एस॰ललित करीहे. फिल्म के निर्माण आर॰एस॰ तिवारी आ एस॰के॰ मेहता आर॰एन॰ इन्टरप्राइजेज का बैनर में करे जा रहल बाड़न. फिल्म के कलाकारन में उत्तम कुमार, बंगला फिल्मन के मशहूर नायिका मालविका बनर्जी, रवि शंकर तिवारी, राज मेहता, लिलिपूट वगैरह शामिल रहीहे.

दूसरकी फिल्म के अबही नाम नइखे धराइल बाकिर एकर निर्माण रामुसा इंटरटेनमेंट का बैनर में होखे जा रहल बा. एहू फिल्म में उत्तम कुमार के मुख्य भूमिका बा. दुनु फिल्म के कथा आ परिकल्पना एस एस ललित के बा.

लांचिंग का मौका पर रवि शंकर तिवारी आ सारिका के जन्मदिन के केको काटल गइल. मौका पर बधाई देबे वालन में सुपर स्टार मनोज तिवारी समेत अनेके गणमान्य लोग मौजूद रहेॆ


(स्रोत – समरजीत)


जान के बाजी के मुहुर्त

पिछला दिने मुंबई के मशाला मंत्र बिल्डिंग में आर सी कम्युनिकेशन आ गायत्री फिल्म इंटरटेनमेंट के फिल्म जान के बाजी के मुहुर्त करावल गइल. एह मौका पर मुख्य अतिथि जय प्रकाश सिंह नारियल फोड़ले आ सुदीप पाण्डेय गणपति के पूजा अर्चना कर के फिल्म के शुभ मुहुर्त करवले. जान के बाजी के निर्माता देवेन्द्र उपाध्याय आ राज चौधरी, आ निर्देशक
शशिशेखर रहीहें. कहानी आ गीत शंकर सैदपुरी के लिखल बा आ संगीत रही राजेश राठौर के. फिल्म के कलाकारन में सुदीप पाण्डेय, गरिमा, अमित पाठक, अर्चिता मासी, डॉली यादव, प्रिया सिंह, मास्टर आशुतोष, कृष्णा पाण्डेय, अवधेश उपाध्याय, बबलू बवाली, रंजना राजपूत, विवेक सर्वेश, कमलेश ठाकुर, ओम जोशी, आ प्रीति सिंह के नाम शामिल बा.


(स्रोत – कपिलदेव खरवार)


मनोज तिवारी क्रिकेट के मंदिर बनवावल शुरु कर दिहले

पिछला विश्व कप का दौरान मनोज तिवारी एलान कइले रहले कि अगर भारत विश्वकप जीत जाई त ऊ क्रिकेट के मंदिर बनवइहें. अब ओही वादा के पूरा करे खातिर मनोज तिवारी बिहार का कैमूर जिला में अपना गाँव अतरवलिया में क्रिकेट के मंदिर बनवावे का योजना में लाग गइल बाड़न. दस एकड़ जमीन पर एह मंदिर के निर्माण कइल जाई जवना में क्रिकेट के भगवान धोनी आ तेंदुलकर सहित कई खिलाड़ियन के मूर्ति लगावल जाई. जमीन तय करे के दिन महेन्द्र सिहं के जन्मदिन का दिने राखल गइल रहे. मनोज तिवारी के कहना बा कि ऊ चाहत बाड़े कि माँ कुण्डेश्वरी धाम आ क्रिकेट का मंदिर से कैमूर के पहिचान होखे लागे. आ उनुकर गाँव देश के पर्यटन मैप पर आ जाव. एह मंदिर का बगल में एगो क्रिकेट स्टेडियमो बनावल जाई जवना खातिर सरकार से आग्रह कइल कइल गइल बा. मनोज तिवारी एह कोशिश में लागल बाड़े कि मंदिर के शिलान्यास मुख्यमंत्री नीतीश कुमार का हाथे होखे. मंदिर आ स्टेडियम बनवावे पर एक करोड़ के लागत के अनुमान बा. ई सब एगो ट्रस्ट का माध्यम से होखी जवना के नाम ललित चंद्र ट्रस्ट राखल गइल बा. एह नाम में मनोज तिवारी के मातापिता के नाम शामिल बा.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

1 Comment

  1. Sumit Tiwari

    Very nice manoj ji