महुआ पर भौजियन के महामुकाबला
-

भोजपुरी के लोकप्रिय चैनल “महुआ” पर भौजियन के महामुकाबला एक बेर फेर शुरू हो गइल बा. अपना पहिला दुनु सीजन में बहुते लोकप्रिय रहल एह रियलिटी शो “भौजी नं॰ -1” के अब सीजन थ्री शुरू हो गइल बा जवना के महुआ टी॰वी॰ पर 29 अगस्त से सोमार से शुक ले रोज रात 9 बजे से एक घंटा देखावल जा रहल बा.

भारतीय समाज के मिडिल क्लास के शादीशुदा औरतन खातिर ले आवल एह शो के ओह औरतन के समर्पित कइल गइल बा जिनकर प्रतिभा कला, ज्ञान सब कुछ बिआह का बाद घर का चहारदीवारी आ जिम्मेदारियन के बंधन में अझूरा के रहि जाला. एह शो में भौजियन के कार्यकुशलता, निपुणता, वैवाहिक सौन्दर्य, नृत्य, गायन समेत तमाम मनोरंजन के जमावड़ा बा. कुल 70 एपिसोड वाला एह शो में “भौजियन के नोक-झोंक अपना देवर का साथ आ संगे संगे ननदन के इतराइल देखे के मिली. हर हफ्ता चार गो भउजाई अपना में भिड़त करीहें आ चारो सेगमेंट में, केकरा में केतना दम, केतना सुर केतना दम, कवन केतना पानी में, आ मोरा मना में, जीते के कोशिश करीहें. आ एंकरिंग करीहें प्रियेश सिन्हा. भउजियन के जज करीहे मशहूर लोक गायिका विजया भारती आ गायक अजीत आनंद. शो का अलग अलग एपिसोडन में सिलेब्रेटी मेहमानो शामिल रहीहें.


(स्रोत – प्रशांत – निशान्त)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts