मुंबई में धुरंधर के जलवा

Dhurandhar-posterरवि किशन, संगीता तिवारी आ अवधेश मिश्रा अभिनीत भोजपुरी फिलिम “धुरंधर – द शूटर” बिहार में सफलता के परचम लहरवला क बाद अब मुंबई में धूम मचावत बिया. मुंबईओ में एकरा जबरदस्त शुरुवात मिलल. साईं चलचित्र इंटरटेनमेंट के बैनर में एकरा के रुक्मिणी तिवारी बनवले बाड़ी आ दीपक तिवारी निर्देशित कइले बाड़े.

धुरंधर – द शूटर में रवि किशन, संगीता तिवारी आ भोजपुरिया खलनायिकी के सिरमौर अवधेश मिश्रा के अलावा राजेश अवस्थी, प्रिया गमरे, ब्रजेश त्रिपाठी, बाल गोविन्द वगैरह के मुख्य भूमिका बा. साथही तीन गो अलग अलग आयटम संभावना सेठ, सीमा सिंह आ सुनीता के बा.


(उदय भगत)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *