मुजफ्फरपुर में बिहार साइंस कांफ्रेंस

आजु मुजफ्फरपुर में लंगट सिंह महाविद्यालय परिसर में बिहार के चउथा साइंस कांफ्रेंस के शुरुआत भइल. उद्घाटन मैक्सिको विश्वविद्यालय के वैज्ञानिका डा॰ बरबरा कइली. एह कांफ्रेस में देश विदेश के करीब दू दर्जन वैज्ञानिक आ देश भर से आइल चार सौ से बेसी डेलीगेट भाग लेत बाड़े, पहिला दिने कुलपति राजेन्द्र मिश्र, प्रतिकुलपति पद्माशा झा, प्राचार्या सुनीति पाण्डेय, पटना केन्द्रीय विश्वविद्यालय के कुलपति जनक पान्डेय समेत कई वक्ता कांफ्रेंस के संबोधित कइले. एह समागम में पचास गो से बेसी शोधपत्र पेश होखे वाला बा.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..