मुहर्रम का मौका पर सुन्नी आतंकियन के निशाना पर अइले शिया मुसलमान

बांग्लादेश में आजु शनिचर का दिने एगो शिया मस्जिद पर सीरियल बम धमाका कइले सुन्नी आतंकी जवना से एगो नमाजी के मौत हो गइल नाहियो त 90 लोग घवाहिल हो गइल बा. हमला ओह बेरा भइल जब शिया लोग अपना पवित्र दिन अशूरा के मौका पर जुलूस खातिर बिटोराइल रहुवे. रात डेढ़ बजे हुसैनी दालान में बम फोड़ल गइल. ई जगहा शिया समुदाय के खास अध्ययन केंद्र ह आ तीन सौ बरीस से अधिका दिन से चलत बा.

0 Comments

Submit a Comment