मोतिहारी पर फिदा भइली सीमा सिंह
-

Seema-66सिनेमा भोजपुरी के डांसिंग क्वीन सीमा सिंह आजु काल्हु मोतिहारी वालन के दिल जीतत बाड़ी, ऊ एहिजा निर्देशक दिनेश यादव के ‘कसम वर्दी के’ फिलिम के शूटिंग खातिर आइल बाड़ी. एह फिलिम के नायक बाड़ें विराज भट्ट आ खलनायक संजय पांडे.

सीमा सिंह मोतिहारी में शूटिंग कइला के बहुते अलग आ बढ़िया अनुभव बतावत कहली कि सुनले बानी कि एहिजा के मोती के माला बहुते मशहूर होला से मुबंई जाए से पहिले जरूर एगो माला खरीद के जइहें. ऐतिहासिक दृष्टि से मोतीहारी के खासा महत्व ना. नेपाल से सटल मोतिहारी पटना से एक सौ सत्तर किलोमीटर दूर बा. एहिजा के खान पान सीमा के बहुते बढ़िया लागत बा.


(शशिकांत सिंह)

1 Comment

  1. tiwari

    Ka ho jan marbu ka

    Reply

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts