मौर्य टी॰ वी॰ के बादशाहत कायम बा

बिहार झारखण्ड के सर्वाधिक लोकप्रिय न्यूज चैनल मौर्य टी॰वी॰ लगातार सातवों हफ्ता क्षेत्रीय चैनलन में नम्बर वन के पोजिशन बरकरार रखले बा जवब कवनो क्षेत्रीय चैनल खातिर एगो रिकार्ड बा. मौर्य टीवी के निदेशक मनीष झा ई जानकारी दिहलन आ एकरा खातिर बिहार आ झारखण्ड के दर्शकन के आभार प्रकट करत अपना चैनल के मित्रन के बधाई दिहलन. कहलन कि एह सफलता में पूरा मौर्य परिवार अनथक प्रयास बा.

मनीष झा बतवलन कि मौर्य टीवी पर प्रसारित कार्यक्रम बाहुबली, सुनैना, दिल की बात प्रकाश के साथ, मुसाफिर जायेगा कहां, चलते-चलते, खास मुलाकात, मौर्य 8 पीएम, सबले बेसी देखल आ सराहल जा रहल बा. मौर्य टीवी अब उत्तर प्रदेशो पर फोकस करे जा रहल बा जहवाँ मौर्य के प्रसारण शुरू हो गइल बा. मनीष झा कहलन कि हमनी के लगातार नम्बर वन बनाके दर्शक हमनी पर एगो बड़हन जिम्मेदारी डाल दिहले बाड़े आ मौर्य टीवी एकरा के बरकरार राखे के कोशिश करी.

मौर्य पर अब वृतचित्रन के एगो शृंखला के प्रसारण शुरू भइल बा. आ प्रकाश झा के लिखल कहानी पर भ्रष्टाचार का खिलाफ बनल धारावाहिक ‘सुनैना’ के प्रसारण शुरू हो चुकल बा जवना के दर्शक बहुत पसंद करत बाड़े.

(स्रोत रंजन सिन्हा)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।