म्यांमार में सू की के ‘सरकार’

म्यांमार में भइल हाल के ऐतिहासिक चुनाव का बाद लोकतंत्र समर्थक नेता आंग सान सू की के पार्टी नेशनल लीग फॉर डेमोक्रेसी के जबरदस्त जीत मिलल बा. एनएलडी के प्रवक्ता विन तेन बतवलन कि मतदान केंद्रन से आइल सूचना से पता चलल बा कि ऊ लोग 70 फीसद सीट जीत लिहले बा. घन आबादी वाल इलाकन में त 90 फीसद सीट पर एनएलडी के कामयाबी मिलल बा.

अबहीं आधिकारिक नतीजा आइल शुरु नइखे भइल बाकिर सेना के समर्थन वाला सत्ताधारी यूनियन सॉलिडरेटी एंड डेवलपमेंट पार्टी पहिलहीं हार मान लिहले बावे.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..