यूपी में बिजलीघर परियोजना पर खतरा

यूपी के किसान अपना जमीन के मुआविजा पाँच सौ सत्तर रुपिया प्रति वर्गमीटर का दर से माँगत बाड़े जवन दर टप्पल परियोजना खातिर दिहल गइल बा. एह चलते सरकार तय कइले बिया कि किसान के सहमति मिलला बिना ओकरा जमीन के अधिग्रहण ना कइल जाई. काल्हु करछना ताप परियोजना खातिर लिहल गइल जमीन के बेसी मुआविजा माँगत किसानन पर पुलिस के लाठी चार्ज से एगो आदमी के मौत हो गइल जवना का बाद भीड़ बेकाबू हो गइल आ पुलिस वालन के चहेट लिहलसि. पुलिस बल भाग खड़ा भइल. एह भगदड़ में एसपी के गोड़ में फ्रैक्चर हो गइल बा आ कई गो अधिकारी घवाहिल हो गइल बाड़े. भीड़ बाद में कई गो सरकारी वाहन के फूंक दिहलसि आ सड़क का साथ साथ रेलो मार्ग जाम कर दिहलसि जवना चलते बहुते लोग के परेशानी भइल. मृतक के परिवार के पाँच लाख रुपिया मुआविजा देबे के घोषणा भइल बा. आ सरकार एह योजना के रद्दो कर सकेले.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..