यू-टयूब पर धमाल मचवले बाड़ी मोनालिसा

monalisa-item-danceभोजपुरी के गरम लिट्टी मोनालिसा के धमाल यू-टयूब पर मचल बा. एगो सर्वेक्षण के मुताबिक मोनालिसा यू-टयूब पर भोजपुरी के सबले लोकप्रिय अभिनेत्री बनके उभरल बाड़ी, मशहूर संगीत कंपनी टी-सीरिज अपना यू-टयूब चैनल ‘‘हमार भोजपुरी’’ के चेहरो मोनालिसे के बनवले बा, मोनालिसा के निरहुआ संगे आइल ‘‘आखिरी रास्ता’’ के गाना ‘ए हो पिया, गरवा लगावा ना’’ के अबही ले नाहियो त एक करोड़ तेरह लाख लोग देख चुकल बा. मोनालिसा के लगभग सौ से अधिका वीडियो के दस लाख प्रशंसक देखले बाड़न. अतने ना, पिछला हफ्ता रिलीज भइल उनकर हॉट रिमिक्स एलबम ‘‘काटे नहीं कटती दिन ये रात’’ के लाखों लोग पसंद कइले बा,

यू-टयूब पर अपना लोकप्रियता से मोनलिसा गदगद बाड़ी.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।