रवि किशन के अनोखा रिकोर्ड

भोजपुरी सिनेमा के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन का नामे एगो अनोखा रिकोर्ड जुड़ गइल बा आ ई रिकोर्ड हऽ एक समय में सबले बेसी भाषा आ संख्या के फिल्म. एह भोजपुरिया सितारे का लगे एह दिने दस-बीसे ना कुल ३२ फिल्म बाड़ी सँ जवना में भोजपुरी, हिंदी, अंग्रेजी, तमिल, तेलगु, बंगला, आ मराठी के फिलिम शामिल बाड़ी सँ. साल २००९ में रवि किशन के कुल १२ गो फिल्म रिलीज़ भइल रहीं सँ. एह सला अबले नौ गो फिल्म रिलीज़ हो चुकल बा. उनुकर आवे वाली फिल्मन में जीतेश दुबे के “मार देब गोली केहू ना बोली”, किरण कान्त वर्मा के “देवदास”, हेर्री फर्नांडिस के “रामपुर के लक्ष्मण”, आनंद गहतराज के “खेला”, जीतेशे दुबे के “पिंडदान”, सत्यनारायण फिल्म्स के “धुरंधर”, सुशील उपाध्याय के “धर्मा”, लेखक से निर्देशक बनल संतोष मिश्रा के “कइसन पियवा के चरित्तर बा”, हैरी फर्नांडिस के “संतान” आ “सौगात”, आलोक कुमार के “गंगा जमुना सरस्वती”, डॉ. सुनील कुमार के “मल्लयुद्ध”, सुनील प्रसाद के एगो अनाम फिल्म, रवि किशन प्रोडक्शन आ रमा देवी प्रोडक्शन के “शूटर शुक्ला”, “छपरा के प्रेम कहानी”, दुर्गा प्रसाद के “एलाने जंग”, पन फिल्म्स के दू गो अनाम फिल्म वगैरह शामिल बाड़ी सँ.

एकरा अलावा रवि किशन शंकर निखालजे के मराठी फिल्म “अशी ही हेरा फेरी”, दक्षिण के सुपर स्टार राम चरण आ सूर्या के साथे दू गो अलग अलग फिल्म, आ बंगाल के एगो निर्माता के बंगला- भोजपुरी में बने वाली एगो अनाम फिल्मो शामिल बा. जहां तक हिंदी फिल्मन के बात बा रवि किशन सैफ अली खान के होम प्रोडक्शन “एजेंट विनोद”, राज कुमार संतोषी के “पॉवर”, डॉ.चन्द्र प्रकाश द्विवेदी के “अस्सी काशी”, अमेरिकन कंपनी पन फिल्म्स के अंग्रेजी-हिंदी फिल्म “अघोरी – मेन फ्रॉम बनारस”, एगो दोसरा निर्माता के “चितकबरे” आदि शामिल बाड़ी सँ. रवि किशन के कहना बा कि उनुकर हमेशा से कोशिश रहेला कि भोजपुरी के कवनो निर्माता निर्देशक के निराश ना कर करीं.


(स्रोत – उदय भगत)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *