रसोई गैस के दाम में बड़हन कटौती

बे सबसिडी वाला गैस सिलिण्डर के दाम में आजु से साढ़े एकसठ रुपिया के कटौती कइल गइल बा. दुनिया भर में तेल आ गैस के दाम में आ रहल गिरावट का चलते ई करे के पड़ल बा.

पिछलो महीना पहिला मार्च के एकर दाम में 53 रुपिया के कमी कइल गइल रहुवे.

जाने जोग बा कि सभका एही दाम पर सिलिण्डर मिलेला आ गरीब गुरबा के मिले वाला सबसिडी बाद में सीधे ओह लोग का खाता में भेज दिहल जाला. सरकार इहो एलान कइले बिया कि उज्जवला योजना में जवना लोग के गैस कनेक्शन मिलल बा ओह लोग के तीन महीना बिना कवनो दाम दिहले सिलिण्डर मिलल करी.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..