रसोई गैस के दाम में बड़हन कटौती

बे सबसिडी वाला गैस सिलिण्डर के दाम में आजु से साढ़े एकसठ रुपिया के कटौती कइल गइल बा. दुनिया भर में तेल आ गैस के दाम में आ रहल गिरावट का चलते ई करे के पड़ल बा.

पिछलो महीना पहिला मार्च के एकर दाम में 53 रुपिया के कमी कइल गइल रहुवे.

जाने जोग बा कि सभका एही दाम पर सिलिण्डर मिलेला आ गरीब गुरबा के मिले वाला सबसिडी बाद में सीधे ओह लोग का खाता में भेज दिहल जाला. सरकार इहो एलान कइले बिया कि उज्जवला योजना में जवना लोग के गैस कनेक्शन मिलल बा ओह लोग के तीन महीना बिना कवनो दाम दिहले सिलिण्डर मिलल करी.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।