रहस्य रोमांच लेके आवत बाड़े सेनापति श्रीपत
-

बात अगर भोजपुरी सिनेमा के होखे त दिमाग में परिवार, समाज , खून खराबा अउर सेक्स के तड़का मारे वाली फिल्मे नज़र आवेली सँ बाकिर अब एगो अइसन फिलिम आवत बिया जवना में रहस्य आ रोमांच त भरपूर बड़ले बा, एकर एक्शनो दृश्य लोग के दांत तर अंगूरी दबावे के मजबूर कर दी. भोजपुरी फिल्म ” मैं नागिन तू नगीना” में एह एक्शन दृश्य के अंजाम दिहले बाड़न भोजपुरी के हॉट केक अभिनेता मनोज पाण्डेय जे एह फिल्म में सेनापति श्रीपत का भूमिका में बाड़े. फिल्म के निर्माण कइले बा निर्देशक राज कुमार आर. पाण्डेय आ निर्माता दिलीप जायसवाल के जोड़ी. बतौर अभिनेता. मनोज के ई दुसरकी फिलिम हिय. पहिलकी “लहरिया लूटऽ ए राजा जी” पिछला साल के सुपर हिट फिल्मन में शामिल रहुवे.
अपना पहिलके फिल्म से दर्शक आ फ़िल्मी पंडितन के आपन मुरीद बना लेबे वाला मनोज के कहना बा कि “मैं नागिन तू नगीना” में उनुकर किरदार के दू अलग अलग शेड्स देखे के मिली. बड़ बड़ अजगर अउर भयानक नागन का साथे शूटिंग कइल कवनो आसान काम ना रहे बाकिर अभिनय के अपना जूनून खातिर ऊ ई सब कइले. फिल्म में एक्शन दृश्यन के भरमार बा जवन भोजपुरी के तमाम दिग्गज खलनायक मसलन अवधेश मिश्रा, संजय पाण्डेय अउर अयाज़ खान का साथे फिल्मावल गइल बा.


(स्रोत – उदय भगत)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts