राजा सुहेल देव के प्रतिमा तूड़ले स बदमाश

(प्रतीक फोटो)


जौनपुर, 29 मार्च (वार्ता). जातिगत हिंसा पसारे का इरादा से जौनपुर जिला के गौराबादशाहपुर इलाका में बुध का रात अनेरिया सब राजा सुहेल देव के मूर्ति तूड़ दिहले सँ.
पुलिस के कहना बा कि गौराबादशाहपुर इलाका के बिथार गांव के राजभर बस्ती में राजा सुहेल देव के एगो मूर्ति स्थापित बा. बियफे सबेरे लोग उठल त देखल कि राजा सुहेल देव राजभर के मूर्ति के तोड़फोड़ कइल गइल बा. ई देख के लोग खिसिया उठल आ प्रदर्शन करे लागल.
घटना के जानकारी मिलला पर गौराबादशाहपुर के पुलिस इंस्पेक्टर विजय बहादुर सिंह ओहिजा चहुँपलन आ गाँव वालन के समिझा बुझा के शान्त कइलन. भरोसा दिअवलन कि टूटल मूर्ति ठीक करवा दीहल जाई.
एह वारदात के करे वाला अनेरियन के पता लगावल जा रहल बा. गांवे के एगो नवही के हिरासत में लेइयो लिहले बिया पुलिस.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..