राशिफल, सावन कृष्णपक्ष २०६७

Abhay Krishna Tripathi
Fortnightly Astrological predictions.(मंगलवार २७ जुलाई २०१० से मंगलवार १० अगस्त २०१० तक)

पक्ष में कारक ग्रह शुक्र बुध आ शनि बनल रहिहें. पक्ष में शुक्र के राशि परिवर्तन सप्तमी २ अगस्त के हो रहल बा आ ओही दिना गुरु महाराज वक्री हो रहल बाड़े.

मेष (चू,चे,चो,ला,लू,ले,लो,ला,अ)
भाई बन्धु से सहयोग के अपेक्षा बेकार बा. जरुरत से ज्यादा मेहनत करे के पड़ी. कामकाज वालन खातिर दुश्मन से सावधानी के जरुरत बा., अति उत्तेजना या क्रोध से बचे के जरुरत बा.. मूंगा धारण कइला से लाभ होखी.

वृष (ई,उ,ए,ओ,वा,वी,वू,वे,वो)
आमदनी बढ़ी बाकि राशि परिवर्तन के बाद स्थिति बदली. भाई बन्धु से झगड़ा से दूर रहीं बड़ नुकसान हो सकेला., माता रानी के ध्यान धरीं आ निश्चिन्तता से बचे के जरुरत, महामृत्युन्जय के जाप कईला से भी लाभ होखी.

मिथुन (का,की,कू,घ,ड,छ,के,को,हा)
खर्चा बढ़े के संकेत. व्यापारी लोग खातिर नीक रही. स्वास्थ के लेके चिन्ता में बढ़ोतरी बा. भाई बन्धु के सहयोग के जरुरत हो सकेला. विशेष परेशानी में बुध के बीज मंत्र के जाप करवाईं. पन्ना पहिनला से भी लाभ होखी.

कर्क (हा,हू,हे,हो,डा,डी,डू,डे,डो)बढ़िया रही आ सब कुछ पहिले जइसन ही रही. पत्नि से सहयोग मिली. भाई बन्धु मुसीबत में काम अइहें. मन के उतावलापन में कमी आई, सावधानी बरतीं. मोती दान आ भैरव के पूजा करीं, धन के आगमन के संकेत मिली.

सिंह (मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी,टू,टे)
साढ़े साती के परेशानी से खास नुकसान हो सकेला. स्वास्ध आ कामकाज पर विशेष असर रही. सरकारी लोग के तनि लाभ बा, आमदनी के रास्ता बनी लेकिन सावधानी के जरुरत बा. सुरुज के जल दिहला से लाभ होखी.

कन्या (टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो)
भाई बन्धु से सहयोग मिली, भाग्योदय पर विपरीत असर खातिर बुध के जाप. धन के आगमन. बात के खाये वाला खातिर नीमन रही, स्वास्थ के प्रति चिन्ता होखी. परेशानी में महामृत्युन्जय के जाप आ पन्ना लाभ दी.

तुला (रा,री,रू,रे,रो,ता,ती,तू,ते)
राशि परिवर्तन के बाद खर्चा बढ़ी, भाई बन्धु से सहयोग ना मिली. परिवार में खुशी के संकेत. स्वास्थ के प्रति सजग रहला के काम बा. माता रानी के ध्यान धइला से, सफेद हकीक अउरी हीरा धारण कईला से लाभ होखी.

वृश्चिक (तो,ना,नी,नू,ने,नो,या,यी,यू)
संतान पक्ष से खुशखबरी के संकेत. क्रोध आ उत्तेजना से नुकसान होखी से सावधानी बरतला के दरकार बा, विद्यार्थी खातिर नीमन रही. मंगल के बीज मंत्र के जाप, हनुमान भक्ति आ मूँगा पहिनला से भी लाभ होखी.

धनु (ये,यो,भा,भी,भू,ध,फ,ढ़,भे)
गुरु वक्री हो रहल बाड़े. शत्रु लोग बेसी परेशान करी. घर से दूरी बढ़िया रही. आमदनी के रास्ता बनी. दुश्मन लोग से सावधान. गुरु के बीज मंत्र के जाप करवाईं. महामृत्युन्जय के जप आ पुखराज धारण से लाभ होखी.

मकर (भो,जा,जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी)
पहिले जइसन ही रही. पत्नी से सहयोग मिली. भाग्य काम करी. व्यक्तित्व में निखार आई. घर परिवार में कवनो खुशखबरी के संकेत नजर आ रहल बा, सजग रहला के काम बा, महामृत्युन्जय जाप करवइला से लाभ होखी.

कुम्भ (गू,गे,गो,सा,सी,सू,से,सो,दा)
काम काज में परेशानी होखी. स्वास्थ के प्रति सचेत रहला के काम बा. धन के आगमन हो सकेला बाकि खर्चा सामने बनल रही नीलम धारण करीं आ जरुरत होखला पर शनि आ महामृत्युञ्जय मंत्र के जाप से लाभ होखी.

मीन (दी,दू,थ,झ,ञ,दे,दो,चा,ची)
बढ़िया दौर चल रहल बा बाकि वक्री गुरु से नुकसान के संकेत बा. सजग रहला के काम बा.. परमार्थ के काम करीं आगे खातिर बहुत लाभकारी होखी, दुश्मन लोग से मुक्ति मिले के संकेत. पुखराज पहिनला से लाभ होखी.


विशेषः

कउनो भविष्यवाणी में देश, काल, अउरी वातावरण के विशेष ध्यान रखे के पड़ेला. ऊपर दिहल भविष्यवाणी एगो आम धारणा पर आधारित बा. केहुके विशेष पूछताछ करे के बा तऽ हमरा से पूछ सकेला. हमरा के ईऽ खातिर ऊऽ आदमी के जन्म के पूरा जानकारी चाही,(तिथी,समय अउरी जन्मस्थान).
सम्पर्क करे खातिर पता
Abhay Krishna Tripathi
“Sada Sonai”. Teachers colony,
Ambethan Chowk, Chakan
Pune 410501
Mail: akt2929@yahoo.com &
akt2929@gmail.com
Mbl: 09450958889 (Varanasi No)
05426457319 (Res Varanasi)
09595243921 (Puna)

अभयजी के ज्योतिष गुरु आध्यात्मिक संत संस्कृत आ ज्योतिष के विद्वान पंडित गोपाल शास्त्री दर्शन केशरी जी रही. शास्त्री जी आजीवन काशी पण्डित सभा के अध्यक्ष रहनीं.

0 Comments