रिलीज खातिर तइयार बा चोरवा बनल दामाद

भोजपुरी सुपर स्टार पवन सिहं, सीमा सिंह, रुबी सिंह, नीलिमा सिंह, आ जय सिंह. एह सिंहन के दहाड़ रउरा सुने के मिले जा रहल बा चोरवा बनल दामाद में जवन प्रदर्शन खातिर तइयार बा. ई फिल्म बिहार में बड़का थियेटरन से आपन कब्जा जमावल शुरु करी.

अणिल अग्रवाल के बनावल एह फिल्म के निर्देशन रजनीश त्यागी कइले बाड़े. अनिल अग्रवाल के पहिलका फिल्म जोगी जी धीरे धीरे के जब दर्शक, समीक्षक, आलोचक मनोरंजक फिल्म करार दिहलें त एह नौजवान निर्माता के हौसला बुलन्द हो गइल आ अपना दुसरका फिल्म फुलौरी बिना चटनी कइसे बनी के म्यूजिक रिलीजे का पार्टी में ऊ अपना तीसरका फिल्म के एलान कर दिहलें. चोरवा बनल दामाद उहे फिल्म ह. आ अभ बन के तइयार हो चुकल बा. आदि शक्ति इन्टरटेनमेंट के प्रस्तुति आ एचटूओ प्रोडक्शन का बैनर में बनल एह फिलिम में सिंहन के दहाड़ के अलावे अली खान, प्रिया पाण्डे, अमृतपाल, माया यादव, आ मकबूल निसारो के हुँकार सुनाई दीहि. एकर गाना विनय बिहारी के, संगीत राजेश गुप्ता के, छायांकन हीरा सरोज के, आ मारधाड़ रियाज सुल्तान के बा.

पवन सिंह एह फिल्म के ले के बहुते उत्साहित बाड़े आ कहेलें कि ई उनका फेवरिट फिल्मन में से ह


(स्रोत : शशिकान्त सिंह)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..