रूपहलो परदे पर अभिनय के जौहर देखावे अइलन अली शेख
-

AliShekh
बिहारी कलाकार अली शेख अपना प्रतिभा के अब सिनेमा के रूपहलो परदो पर देखावे आइल बाड़न. दरभंगा जिला के उसरा टोला गॉंव के रहे वाला अली शेख अपना दमदार अभिनय से सिनेप्रेमियन के दीवाना बनावे का तइयारी में बाड़न.

टीवी पर महाभारत आ चन्द्रकान्ता धारावाहिक देखला का बाद अभिनय करे के सपना देखे वाला अली शेख स्कूल काॅलेज के नाटकन में काम करत टीवी धारावाहिकन में काम करे लगलन.

कागज की कश्ती, तलाक क्यों, लेडीज इंस्पेक्टर, दर्शन दो भगवान वगैरह धारावाहिकन में आपन मौजूदगी दर्ज करा चुकल अली शेख हिंदी फिल्म ’दिल ढूंढता है’ में काम क चुकल बाड़न. उहे अली शेख भोजपुरी फिलिम में आपन अभिनय प्रतिभा देखावे जात बाड़न.

अली शेख के ई मौका मिलल बा पराग पाटिल के निर्देशन में बने जात एगो भोजपुरी फिलिम में जवना में इनका के एगो दमदार किरदार में नायक बना के उतारल जात बा.


(रामचंद्र यादव)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts