रोमांटिक एक्शन फिल्म ‘‘कट्टा तनल दुपट्टा पर’’

Ravi-Shubhi-Pawan-KattaTanalDuppataParमशहूर कार्पोरेट कंपनी फेथ इनकारपोरेट के बैनर में बनल रोमांटिक एक्शन म्युजिकल फिलिम ‘कट्टा तनल दुपट्टा पर’ अब धमाल मचावे ला तइयार बा. निर्माता राहुल कपूर आ राखी सावंत के एह फिलिम में सुपरस्टार्स रवि किशन आ पवन सिंह के मुख्य भूमिका बा. एहलोग साथे नायिका बाड़ी भोजपुरी के नइकी सनसनी शुभी शर्मा. निर्देशन करीहें एम.आई. राज, आ संगीतकार बाड़ें मधुकर आनंद. साथी कलाकारन में शाहबाज खान, माया यादव, ब्रजेश त्रिपाठी के नाम बा. मशहूर आईटम गर्ल राखी सावंत एहमें एगो स्पेशल गाना पर थिरकले बाड़ी. भोजपुरी अदाकारा रिंकु घोष आ अंजनो सिंह स्पेशल गाना में नजर अइहें. शूटिंग मुंबई, पुणे आ मॉरीशस में भइल बा. एक्शन मास्टर बाड़ें जय सिंह गुजर जे हाल ही में ‘‘चेन्नई एक्प्रेस’’ में शानदार एक्शन दिहले रहलें, छायांकन नीतू इकबाल सिंह, कार्यकारी निर्माता विकेश शाह, आ सह निर्माता हरीश सपकाले हउवें

आजुकाल्हु एकर डबिंग के काम जोर शोर से लागल बा.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments