लखनऊ के अम्बेदकर पार्क के नाम बदले का विरोध में बसपा के धरना
-

मंगल का दिने लखनऊ में बसपा नेता स्वामी प्रसाद मौर्य आ नसीमुद्दीन सिद्दिकी के नेतृत्व में बसपा कार्यकर्ता धरना दिहलें. एह लोग एह बात के खिलाफ धरना दिहल कि लखनऊ के अम्बेदकर हरित पार्क के नाम बदल के जनेश्वर मिश्र पार्क काहे कइल गइल. बसपा के कहना बा कि एहसे सपा के दलित विरोधी मानसिकता जग जाहिर हो गइल बा. बसपा के कहना बा कि अगर जनेश्वर मिश्र का नाम पार्क बनावहीं के रहल त दोसरा जगह बना दिहले रहीत.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts