लश्कर-ए-तैयबा के आतंकी के साथ देबे वाला बिहारी अधिकारी

राष्ट्रीय जांच एजेंसी ने बिहार के एगो जिला परिवहन अधिकारी के लश्कर-ए-तैयबा के संदिग्ध आतंकी अब्दुल नईम शेख के साथ जुड़ल रहला का सन्देह में पूछताछ करे ला बोलहटा भेजले बिया. ई अधिकारी एह घरी बक्सर में पोस्टेड बाड़न. शेख देसरा का नाम प पासपोर्ट लेबे के दरखास्त दिहले रहुवे. जानकारी भइला का बाद गोपालगंज के जंगलिया इलाका के सराज अहमद एह बाति के शिकायत क दिहलन आ पासपोर्ट पावे से पहिलही शेख के ध तीहल गइल रहुवे. अगस्त 2014 में शेख केंद्रीय एजेंसियन का हिरासत से फरार भइला का बाद से नाम बदलि के बिहार के गोपालगंज जिला में लिकाइल रहुवे. 28 नवम्बर का दिने लखनऊ के चारबाग से शेख के फेरु ध लीहल गइल आ 2 दिसम्बर के गोपालगंज के एगो नवही नेता धन्नु राजा शेखो के साथ जुड़ला का आरोप में गिरफ्तार कइल गइल बा.

स्रोत

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।