लिखले बानी खून से सियाही ना समुझीह
-

भोजपुरी अदाकारा रिंकू घोष के दिवानन के दिवानगी बेजोड़ बा. ओतना दिवाना भोजपुरी के कवनो दोसर अदाकारा खातिर नइखे. उनुकर फिल्म “बिदाई” देखि के एगो दिवाना अपना हाथ पर सुंगधा, फिल्म में रिंकू घोष के किरदार के नाम, गोदवा लिहलसि. त एगो दोसर दिवाना अपना खून से लिखल खत लिख भेजलसि कि हम आपके दोस्त बनल चाहीलें. नाम लिखले बा महादेव, पता बावे छपरा. रिंकू अपना एह दिवाना के खत के जवाब त नइखी दिहले बाकिर अतना जरुर कहली कि ई खत देख पता चलल कि लोग उनुकर कतना दिवाना बाड़े. रिंकू घोष के फिल्म “आखिरी रास्ता” आजुकाल्हु धमाल मचवले बा. एह घरी ऊ फिल्म “केहू हमसे जीत ना पाई” के शूटिंग में व्यस्त बाड़ी. “दुश्मनी” नाम के उनकर फिलिम जल्दिये रिलीह होखे वाला बा.


(स्रोत – शशिकांत सिंह)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts