लोकपाल आंदोलन (प्रदर्शन) : देश भर में चलल अन्ना हजारे के आँधी

नई दिल्ली, 19 अगस्त (आईएएनएस). तिहाड़ जेल से निकल के रामलीला मैदान चहुँपल गांधीवादी अन्ना हजारे के भठियरपन विरोधी आंदोलन के देश भर में जबर्दस्त समर्थन मिलल बा. लड़िकन से लगाइत बूढ़वन ले, वकीलन से लेके किसानन ले, हर वर्ग जर जमात उनका समर्थन में शुक का दिने सड़कन पर उतरल आ भ्रष्टाचार का खिलाफ प्रदर्शन कइल.

तिहाड़ जेल से निकल के रामलीला मैदान चहुंपे में अन्ना के करीब तीन घंटा लागल.

दिन के करीब 11.30 बजे अन्ना हजारे सफेद धोती-कुर्ता आ टोपी पहिरले जब तिहाड़ जेल से बाहर निकलले त अपना समर्थकन से कहले कि, “हम रहीं भा ना, रउरा सभके ई आंदोलन जरूर जारी राखे के होई.” संबोधन खतम कर के अन्ना हजारे एगो खुला ट्रक का पीछे सवार हो गइलन. रास्ता में हर जगहा राष्ट्रभक्ति के नारा ‘भारत माता की जय’ आ ‘अन्ना हम तुम्हारे साथ हैं’ लगावल गइल. कुछ समर्थक ‘मैं भी अन्ना, तू भी अन्ना, अब तो सारा देश है अन्ना’ लिखल तख्ती लिहले रहले.

बरखा का बावजूद अन्ना हजारे छाता के सहारे कुछ दूर ले ट्रके में गइलन बाकिर बाद में बरखा तेज हो गइला पर ऊ एगो कार में आ गइलन. उनुकर काफिला उपरी बेरा करीब 1.53 बजे महात्मा गांधी के समाधि राजघाट चहुँपल. ओहिजा अन्ना हजारे आपन टोपी उतार के राष्ट्रपिता के श्रद्धांजलि दिहले, समाधि पर गुलाब के पंखुड़ी बिखेरलन, सूत के माला चढ़वलन आ करिया संगमरमर से बनल समाधि पर माथ नववलन.

एहिजा अन्ना हजारे के सुरक्षा खातिर एगो मानवश्रृंखला बनावल गइल. एही बीच, बरखा से बाचे खातिर अन्ना हजारे कुच दूर ले दउड़ के सभका के चउँका दिहलन. फेर ओहिजा से उनुकर कारवां इंडिया गेट होत 2.20 बजे रामलीला मैदान चहुँपल.

मुम्बई में पहिला बेर डिब्बावाला आपन परम्परा तूड़ले आ काल्हु टिफिन ना चहुँपवले. एह चलते कामकाजी लोग जइसे तइसे आपन काम चलावल.

नूतन डब्बावाला ट्रस्ट के अध्यक्ष रघुनाथ मेड़गे बतवले कि, “अन्नाजी के समर्थन में बड़हन संख्या में डिब्बावाला एह आंदोलन में शामिल भइले. सभे अन्ना के नाम के टोपी पहिरले रहल. दक्षिणी मुम्बई में सड़क किनारे शांतिपूर्ण तरीके से रैली निकालल गइल जवन चर्चगेट स्टेशन से आजाद मैदान ले गइल.”

आंदोलन के समर्थन में रांची में दुकानें बंद.

ग्रेटर नोएडा के किसान आपन समर्थन देत उमेद जतवले बाड़न कि नयका भूमि अधिग्रहण विधेयक खातिर अन्ना के समर्थन मिली.

पटना में अन्ना के समर्थन में वकील उतरले आ न्यायिक कार्य के बहिष्कार कइले.

ओने पटना के ऐतिहासिक गांधी मैदान का नियरा कारगिल चौक का लगे अन्ना के समर्थन में चउथको दिने धरना आ अनशन जारी रहल.

30 अगस्त से ‘जेल भरो’ शुरू करीहे अन्ना हजारे

अन्ना के अबहियो इहे कहना बा कि लोकपाल का दायरे में प्रधानमंत्री अउर न्यायपालिको होखल चाहीं.
(इंडो-एशियन न्यूज सर्विस)

0 Comments