वर्षा उषागांवकर लिहली रिंकू घोष के टेलीविजन इंटरव्यू

सिनेमा भोजपुरी के नंबर वन अदाकारा रिंकू घोष का नामे एगो अउरी पहल जुड़ गइल जब कवनो समाचार चैनल खातिर कवनो भोजपुरी अदाकारा के इंटरव्यू लिहल गइल. इंटरव्यू लेबे वाला वर्षा उषागाँवकर खुद हिन्दी आ मराठी सिनेमा के जानल मानल अदाकारा हई. पिछला दिने वर्षा उषागांवकर समाचार चैनल टी.वी. 9 के सफल शो ‘स्वीट होम’ खातिर रिंकू घोष के इंटरव्यू लिहली. एहसे पहिले एह शो खातिर वर्षा उषागांवकर मुंबई के पूर्व महापौर डा. शुभा राउल, डॉली बिन्द्रा, मधुशाह, पूर्वी जोशी, पूजा बेदी, आकृति कक्कड़, श्रद्धा शर्मा, कश्मीरा शाह के इंटरव्यू कर चुकल बाड़ी.

वर्षा उषागांवकर ‘स्वीट होम’ में रिंकू घोष के कुछ राजो खोल दिहली. जइसे कि बचपन में रिंकू घोष कइसन रहली. वर्षा उषागांवकर के सवालन पर रिंकू बेबाक तरीका से दिल क बात जुबां पर लावत गइली. ई शो ओह औरतन पर आधारित बा जे बिना कवनो गॉड फादर के सहारा लिहले आपन जगहा खुद बनवले होखे आ कामयाबीओ पवले होखे.

वर्षा उषागांवकर रिंकू घोष से हिंदी, टेलीविजन आ भोजपुरी सिनेमा के अभिनय यात्रा आ उनुका व्यवहारो पर सटीक सवाल पूछली आ रिंकू घोष ओह सवालन के बिना कवनो लाग लपेट के जवाबो दिहली. एह शो खातिर रिंकू घोष के खास तौर पर टीवी 9 के अंधेरी कार्यालय में बोलावल रहली जहाँ सवाल जवाब के सिलसिला चलल.

रिंकू घोष का बारे में इहो बतावे जोग बा कि ऊ पहिलका भोजपुरी नायिका हई जिनका फिल्म फेयर पत्रिका में फीचर कइल गइल. रिंकू लगभग हर साल सर्वश्रेष्ठ भोजपुरी अदाकारा के अवार्डो जीतत आइल बाड़ी. अब वर्षा उषागांवकर के लिहल इंटरव्यू भोजपुरी सिनेमा ला एगो बड़हन उपलब्धि मानल जात बा.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।