विधानमण्डल के संबोधित करे के औपचारिकता निभवले राज्यपाल

आजु शूरु भइल यूपी विधानमण्डल के बजट सत्र के पहिले संयुक्त अधिवेशन के संबोधित करे आइल राज्यपाल आपन भाषण विरोधी दल के हंगामा का चलते ना पढ़ पवले त पहिलका आ आखिरी लाइन पढ़ि के ओकरा के पूरा मान लिहले. भाषण भले राज्यपाल पढ़ेले बाकिर ओहमें सगरी बाति सरकार के रहेला आ राज्यपाल अपना मन से ओहमें कुछ जोड़ भा घटा ना सकसु. एही चलते इहो परम्परा जइसन बनि गइल बा कि विपक्ष एह भाषण का समय हंगामा करबे करी. शुक का दिने सत्र के शुरुआत में उहे भइल. सपा के नाराजगी खास कर एह बात खातिर बा कि ओकरा बहुतेरे सदस्यन के जेल में डाल दिहल गइल बा.

राज्यपाल के भाषण में कहल गइल बा कि सरकार प्रदेश में समतामूलक समाज के स्थापना करे में लागल बिया आ कानून व्यवस्था में सुधार भइल बा. साथही शिकायतो बा कि केन्द्र का तरफ से राज्य के जायज सहायता नइखे कइल जात, बुन्देल खण्ड आ पूर्वांचल के विकास खातिर माँगल अस्सी हजार करोड़ रुपिया का बारे में केन्द्र कुछऊ तय नइखे कइले. जवना से राज्य के माली हालत खराब हो रहल बा.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।