विधानो परिषद में पारित हो गइल यूपीकोका


लखनऊ, 28 मार्च (वार्ता). संगठित अपराध पर नकेल कसे खातिर बनावल कानून ले आवे वाला उत्तर प्रदेश संगठित अपराध निरोधक विधेयक (यूपीकोका) आजु विधानो परिषद में पारित हो गइल. दूनू सदन से पारित हो गइल एह विधेयक के अब राज्यपाल रामनाईक के लगे मंजूरी ला भेजल जाई.
परिषद में एकरा अलावा आजु वित्तीय वर्ष 2018-19 के चार लाख 28 हजार करोड़ रूपिया के बजट अनुदानो पारित हो गइल. मुख्यमंत्री योगी आदित्य नाथ के बजट भाषण का बाद उप मुख्यमंत्री आ नेता सदन डा0 दिनेश शर्मा के प्रस्ताव पर वित्तीय वर्ष 2018 के विनियोग विधेयक के सर्वसम्मति से पारित कइल गइल.
एकरा बाद यूपीकोका विधेयक समाजवादी गोल का विरोध के बावजूद ध्वनिमत से पारित हो गइल.
उच्च सदन में आजु उत्तर प्रदेश राजस्व संहिता (संशोधन) विधेयक, नगर निगम (संशेधन) विधेयक, नगर पालिका (संशोधन) विधेयक, क्षेत्र पंचायत तथा जिला पंचायत (संशोधन) विधेयक, आबकारी (संशोधन) विधेयक, कृषि उत्पादन मण्डी (संशोधन) विधेयक, अन्तर्राज्यिक प्रवासी कर्मकार नियोजन का विनियमन सेवा शर्त संशोधन आ उत्तर प्रदेश विनियोग अधिनियम (निरसन) विधेयक 2018 के पारित क दीहल गइल. राज्य विधानसभा एह विधेयकन के पहिलहीं पारित क चुकल बिया.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..