विराज भट्ट "गरदा" मचवले बाड़न गोरखपुर में

Viraj-gardaसिनेमा भोजपुरी के एक्शन स्टार विराज भट्ट एह घरी गोरखपुर में गर्दा मचवले बाड़न. एहिजा उनकर फिलिम ‘गर्दा’ के शूटिंग चलत बा. विराज भट्ट बतवलें कि गोरखपुर सिनेमा ला बहुते सगुनिया जगह ह. एहिजा फिलिमावल ‘ससुरा बड़ाई पईसावाला’ आ ‘कहां जईबा राजा नजरिया लड़ाई के’ सफलता के इतिहास रचली स. आ विराज के पूरा भरोसा बा कि ‘गर्दा’ फिलिमो सफलता के रिकार्ड बनाई.

पराग पाटिल निर्देशित आ श्रवण निर्मित एह फिलिम में विराज भट्ट के नायिका बाड़ी अंजना सिंह. साथे बाड़न दीपक भाटिया. एक्शन स्टार विराज भट्ट के एक्शन लोग में रोमांच भर देला. उनकर जादू भोजपुरी वर्ल्ड में खूब चलेला. उत्तर प्रदेश, बिहार आ मुंबई में उनकर आपन फैन्स फॉलोइंग बा. मुंबई में उनकर हालिया रिलीज फिलिम ‘अंतिम तांडव’ सफलता के इतिहास बनवलसि.

एह साल अबले विराज भट्ट के सात गो फिलिम ‘जानवर’, ‘जान तेरे नाम’, ‘भाई जी’, ‘दुर्गा’, ‘अंतिम तांडव’, ‘मर्द तांगेवाला’ आ ‘हिम्मतवाला’ सफलता के रिकार्ड बनावत विराज के राज बनवले रखले बाड़ी स भोजपुरिया दर्शकन का दिल पर.


(शशिकांत सिहं)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..