विष्णुनगरी गया मे आजु से पितरपख मेला
-

हर साल भादो पुर्णिमा से शुरू हो के एक पख ले चले वाला विश्वप्रसिद्ध पितरपख मेला विष्णुनगरी गया मे आजु से शुरू हो गइल.एह साल पाँच लाख लोग आवे के उमेद बा. प्रशासन एहला सगरी इन्तजाम कर लिहले बा.

काल्हु जिलाधिकारी बाला मुरूगन डी आ वरिष्ठ पुलिस अधीक्षक निशांत कुमार तिवारी मेला क्षेत्र आ पिंडवेदियन के निरीक्षण कइलें. जिलाधिकारी बतवले कि श्रद्धालुअन के रहे ला जिला स्कूल, महावीर इंटर कालेज, गया कालेज खेल परिसर, टिल्हा धर्मशाला समेत विष्णुपद आ चांदचौरा मोहल्ला के अनेके धर्मशाला मे खास कर के व्यवस्था कइल गइल बा.

पुलिस अधीक्षक बतवले कि सुरक्षा के कड़ा इंतजाम कइल गइल बा. चौक.चौराहन पर पुलिस बल तैनात बा. मेला क्षेत्र मे 50 गो पुलिस कैप बनावल गइल बा जहाँ सब इंस्पेक्टर रैक के अधिकारी मौजूद रहीहें. 73 जगहन पर मजिस्ट्रेट के नेतृत्व मे पुलिस मौजूद रही आ 34 गो पुलिस चौकियां बनावल गइल बा. मेला थाना का अलावे विष्णुपद मंदिर का लगे महिला थाना काम करी.

कहलन कि बम निरोधक दस्ता, डॉग स्कावयड, सीसीटीवी कैमरा वगैरह लगावल गइल बा. पुलिस कंट्रोल रूम में चौबीसो घंटा पुलिस अधिकारी ड्यूटी पर तैनात रहीहें.

मेला क्षेत्र मे पिंडवेदियन का आसपास साफ.सफाई आ पीये के पानी आ ओहिजा ले चहुँपे खातिर उचित दर पर प्री.पेड टैक्सीओ के इंतजाम बा.
(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts