वीर कुंवर सिंह विश्वविद्यालय के कुलपति के अधिकार छीनलसि अदालत

राज्य सरकार से राय विचार कइले बिना बिहार के राज्यपाल देवानंद कुंवर अपना विशेषाधिकार के इस्तेमाल करत पाँच गो विश्वविद्यालयन में अपना मनमर्जी के कुलपति नियुक्त कर दिहले. जवना का बाद एगो प्रोफेसर अदालत के शरण ले लिहले. अब पटना हाई कोर्ट मगध विश्वविद्यालय आ आरा के कुंवर सिंह विश्वविद्यालय के कुलपतियन के अधिकार छीन लिहले बा आ सरकार अउर कुलाधिपति से जवाब मँगले बा. ओने सरकारो एह कोशिश में बिया कि पाँचो कुलपतियन के वित्तीय अधिकार पर रोक लगा देव. राज्यपाल एह मामिला में सरकार का तरफ से भेजल चिट्ठी के ना त पावती दिहले ना जवाब.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।