शूटिंग पूरा हो गइल नाम तय नइखे

पिछला दिने निर्माता रीता प्रकाश के एगो बिना नाम वाला फिलिम के शूटिंग मुंबई के एसेल स्टूडियो में आइटम क्वीन सीमा सिहं पर फिल्मावल आइटम नम्बर के शूटिग का साथ पूरा कर लिहल गइल. फिल्म के अधिकतर शूटिंग बनारस में कइल गइल बा. फिल्म के निर्देशक पारस एन सिंह आ कोरियोग्राफर शैलेश कोली हउवें.

निर्देशक पारस एन सिंह एह फिल्म के पारिवारिक प्रेम कहानी बतावत कहलें कि ई फिल्म ओझा सोखा वगैरह के चंगुल से आम लोग के बचावे के एगो कोशिश बा. साथ ही एहमें ऊँच नीच के दूरी खतम करे के आ गलतफहमी जइसन बेमारी से सावधान रहे के कहल गइल बा. एक्शन रोमांस आ दर्द भरल एह कहानी के दर्शक बहुते पसन्द करीहें अइसन आशा बा उनका.

एह फिल्म में दीपक दुबे, तनुश्री चटर्जी, सुदेश बेरी, गिरीश शर्मा, समर्थ चतुर्वेदी, वीरेन्द्र मिश्र, मेहनाज, कंचन अवस्थी, विजय बहल, उमाकांत, गोपाल पाण्डे, जुबेदा, शशि सिंह, राम कृष्ण कटेल, सिमरन आ मेहमान भूमिका में किरन कुमार मुख्य कलाकार बाड़ें.


(समरजीत के रपट)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।