देश पर बेसी खतरा हिन्दूवादियन से बा, कहलें राहुल गाँधी

कांग्रेस के युवराज आ ओह लोग का हिसाब से देश के भावी प्रधानमंत्री राहुल गाँधी के कहना बा कि देश के बेसी खतरा हिन्दूवादियन से बा. उनुका राय में हिन्दुवादी लश्करो से खराब हउवें. दिग्विजय सिंह त ई बाति पहिलहीं से कहत आवत बाड़न बाकिर उनुका राय के कांग्रेसी उनुकर व्यक्तिगत राय कहि के आपन जान छोड़ा लेबेलें. बाकिर राहुल गाँधी का राय के का कहल जाव, से कांग्रेसियन के बुझात नइखे आ आलाकमान अपना प्रवक्ता लोगन के हिदायत दे दिहले बा कि एह मसला पर कुछ जन बोले लोग. राहुल आपन राय अमेरिका के राजदूत टिमोथी रोमर से बातचीत का दौरान बतवले रहलें. मौका रहुवे प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह के दिहल भोज. टिमोथी जब लश्करे तोएबा के गतिविधियन का बारे में पुछलें त राहुल के जबाब रहे कि ओहु ले बड़ खतरा ओह लोग से बा जे पाकिस्तान भा इस्लामी समूहन के आतंकी हमला का खिलाफ उत्तेजित हो जालें. राहुल के बेसी चिन्ता एह हिन्दूवादियन से बा लश्करे से नइखे जवना के खुद राहुल का राय में देश के कुछ मुसलमान समर्थन देबेलें. कांग्रेस एह खुलासा के कवनो साजिश के परिणाम बतावत बिया बाकिर राहुल चुप्पी सधले बाड़न जे बता सकेलें कि बाति सही बा कि गलत. अमेरिका के विदेशो विभाग एह खुलासा पर कुछ बोलत नइखे.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।