संगे संगे सुजीत तिवारी आ राजकुमार पांडे

sujit-tiwariभोजपुरी फिलिमी दुनिया के दू गो बड़का दिग्गज अब एक संगे एगो बड़हन फिलिम ला एकजुट भइल बाड़ें. दू गो ई बड़का दिग्गज हउवें सी पी आई मूवीज के सुजीत तिवारी आ निर्माता निर्देशक राजकुमार पांडे आ जवना फिलिम ला दुनु जने हाथ मिलवले बाड़न उ ह “जीना तेरी गली में”.

एह फिलिम से प्रदीप पांडे चिंटू के सिनेमा परदा पर लॉन्चिंग हो रहल बा. उनुका साथे कई गो अभिनेत्री लउकीहें जवना में पाखी हेगड़े, रिंकू घोष, अंजना सिंह, काजल, प्रियंका पांडे वगैरह शामिल बाड़ी.

सुजीत तिवारी के कहना बा कि चिंटू एह फिलिम में बहुते बढ़िया अभिनय कइले बाड़न आ इहो फिलिम राजकुमार पण्डे के पिछिलिका फिलिमन का तरह सुपर हिट होखी. जाने जोग बात बा कि सुजीत तिवारी कुछ अउरियो फिलिमन के प्रस्तुतकर्ता बनल बाड़ें जवना में अनिल कुशवाहा के सौतेला, चरणों की सौगंध वगैरह शामिल बाड़ी सँ. .


(उदय भगत)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।