संजय पाण्डेय के बादशाहत कायम बा
-

पिछला चार महीना में पाँच गो सुपर डुपर हिट फिल्म देबे वाला आ भोजपुरी सिनेमा के नम्बर वन खलनायक संजय पाण्डे के बादशाहत कायम बा. पिछला दिने जब मुंबई में संजय पाण्डे के फिल्म “लहरिया लूटऽ ए राजाजी” जब दुबारा प्रदर्शित भइल त देखेवालन के भीड़ उमड़ पड़ल. राजकुमार पाण्डे निर्देशित एह फिल्म खे अलावा “दिलजले” फिल्मो गजब बवाल मचवलसि बिहार में. “दुश्मन” में संजय पाण्डे दर्शकन के ताली आ गाली दूनो बिटोरलन. एकरा अलावे तू नागिन मैं नगीना, आ जा ओढ़निया तान के फिलिमो में संजय पाण्डे के जलवा देखे के मिलल. संजय पाण्डेय के नंबर वन पोजीशन एहू साल बरकरार रहे वाला बा काहे कि एहू साल उनुका लगे बतौर खलनायक बड़का बैनर के कई गो बेहतरीन फिलिम बाड़ी सँ.

पिछला दिने यूपी के प्रतापगढ़ में फिल्म “राजा के रानी से प्यार हो गइल” खातिर संजय पाण्डे जरत ईंट का भट्ठा पर एगो खतरनाक स्टंट के शूटिंग करवलन जवना के देख के सभे वाह वाह कर उठल रहे. वइसन स्टंट करे में निमन निमन स्टंटबाजन के हौसला पस्त हो जाइत बाकिर संजय पाण्डे अपना जिद्द पर ऊ सीन खुदे कइलन. अइसनके लगन आ मेहनते का बल पर त ऊ आजु आपन नंबर वन पोजीशन बनवले बाड़न.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts