संतकबीरनगर में पेड़ से टकराइल पिकअप, तीन जने के मौत
-

(प्रतीक फोटो)


संतकबीरनगर 20 अप्रैल (वार्ता). संतकबीरनगर के बखिरा इलाका में आजु एगो पिकअप गाड़ी सड़क किनारे का पेड़ से टकराके खड्डा में गिर गइल. एह हादसा में ओह पर सवार तीन जने के ओहिजे मौत हो गइल.
पुलिस बतवलसि कि सबेर बेरा बस्ती का ओर से आवत एगो मुर्गी लदले पिकअप गाड़ी बस्ती-नंदौर सड़क पर चमनगंज पेट्रोल पम्प का नियरा एगो पेड़ से टकरा के खड्डा में जा गिरल. एह हादसा में अमेठी के जगदीशपुर इलाका के देवकली निवासी चालक शाहिद खान (22 बरीस), सईद (21बरीस) आ ओहिजे के भीखनपुर निवासी समीर (22बरीस) के मौत ठाँवे पर हो गइल.
लाश पोस्टमार्टम ला भेजा गइल बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts