संतराज सिहं रागेश के स्मृति में समारोह

राजेश कला एवं संस्कृति संस्थान आमी का तरफ से बियफे का रात सात बजे से अगिला दिने सबेरे पाँच बजे ले राष्ट्रपति पदक से सम्मानित लोक गायक स्वरसम्राट स्व॰ संत राज सिंह रागेश के सतवीं बरखी पर संगीत श्रद्धांजलि दिहल गइल. एह समारोह में आवाज उठावल गइल कि दिघवारा स्टेशन आ अम्बिका महारानी हाल्ट पर अशांत रागेश आ प्राचार्य सुशील के नाम पट्ट लगावल जाव आ आमी के दूरी लिखल जाव.

कार्यक्रम के शुरुआत सुंदर कांड के पाठ से शुरू भइल. कार्यक्रम के उद्घाटन लोक अदालत न्यायाधीश पंडित रामप्रवेश चौबे आ संतराज संत स्वरूप गीत गा के कइलें. रागेश के लड़कपन के संघतिया रहल आ लोकगीत गायक सुरेश प्रसाद सिंह अध्यक्षता कइलन आ संतराज सिंह के छोटका बेटा दिलीप कुमार सिंह संचालन कइलन. भीम सिंह के नाल, रघुनंदन राम के नगाड़ा, योगेन्द्र सिंह के हारमोनियम का संगत का बीच ब्यास सुमन सिंह, नागेन्द्र सिंह, राजकुमार सिंह, वागेश्वर सिंह, पंडित जनार्दन दूबे, आ सुरेश सिंह आपन आपन प्रस्तुति दिहलें. ठुमरी, पूरबी, गजल, निर्गुन गायकी से रात भर श्रद्धांजलियन के ताँता लागल रहल. बिक्की टोपो के भाव नृत्य आ संस्थान के रंगकर्मियन के लोग भरपूर सराहल.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..