’सईयाँ तूफानी’ विक्रान्त के तेवर

Vikrant-3एग्री यंगमैन आ हीमैन के व्यक्तित्व वाला हरफन मौला अभिनेता विक्रान्त हर किरदार के जियतार बना देबे में माहिर हवें. अपना हर फिलिम में विक्रांत एगो अलग छाप छोड़त गइल बाड़ें. अपना आवहूं वाला हर फिलिम में विक्रांत अलग-अलग किरदार में नजर अइहें. एहसे विक्रांत के देखते दर्शक कह उठीहें – ’इहे त ह सही पसंद’.

त्रिशांत ग्रुप के बैनर तले बनत फिलिम ’सईयाँ तूफानी’ के शूटिंग में लागल विक्रांत एह फिलिम मे गाँव के एगो मस्त मौला नवही के किरदार में बाड़न जे अपने धुन में डूबल रहेला. बाकिर जुर्म का खिलाफ अगर उ ’डोंट टच’ कह दिहलसि त दुश्मन के खैर ना रही. एह फिलिम में दमदार एक्शन, कॉमेडी आ बढ़िया गाना के साथही मस्त स्टाइल वाला एक से बढ़ के एक सीन दर्शकन के देखे के मिली.

एह फिलिम के निर्माता उमेश देसाई, निर्देशक अजय कुमार झा, गीतकार अमन श्लोक अउर अरविन्द तिवारी, संगीतकार अमन श्लोक, कैमरामैन देवेन्द्र, आ एक्शन मास्टर परवेज खान हउवें. मुख्य भूमिका में विक्रान्त, मोनालिसा, राजेश तोमर आ संजय वर्मा वगैरह बाड़ें.

एकरा अलावे विक्रांत के आवे वाली अउर फिलिमन में जीना मरना तेरे संग, खून के बदला खून, गुलाम वगैरह जल्दिए रिलीज होखे वाली बाड़ी सँ.


(अपना न्यूज)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..