सत्येंद्र सिंह राजपूत के फिलिम ’दीवाना तेरा मर जायेगा’ के भव्य मुहूर्त


मुंबई, 26 मई (रामचन्द्र यादव). ड्रीमसिटी एंटरटेनमेंट प्रा. लि. के प्रस्तुति भोजपुरी फिलिम ’दीवाना तेरा मर जायेगा’ के मुंबई में भइल भव्य मुहूर्त बेहद खास मौका बन गइल जब एह मौका पर डॉ सतीश सिखा मुख्य अतिथि का रुप में शामिल भइलें. डॉ सतीश इंसानियत के सेवा कइला का चलते दुनिया भर में जानल जालें.
उनुका साथही एह मौका के खुशगवार बनावत रुपाली तिवारी (फैशन डिजाइनर) आ भोजपुरी सिनेमा के महानायक कुणाल सिंह मेहमान रहलें. साथही मौजूद रहलें हीरो सत्येंद्र सिंह के मित्र इंजीनियर अजय राय, संगीतकार एस कुमार, लेखक मनोज हंसराज, कैमरामैन नवीन मिश्रा, डांस मास्टर पप्पू खन्ना, अउर फाइट मास्टर शहाबुद्दीन शेख.
निर्माता निर्देशक मनोज पाण्डेय के एह फिलिम में सत्येंद्र सिंह राजपूत मुख्य किरदार बाड़ें. उनुका साथही रहीहें कुणाल सिंह, अवधेश मिश्रा, दिनेश केसवानी, देव सिंह, राजेश पांडेय, अनन्या दूबे, आकांक्षा, कृष्णा, जीतू सोनी, ज्योति कलश, माया यादव, नीरज अहिरा, सोनालिका, ग्लोरी, अउर किरन पांडेय वगैरह.
जाने जोग बा कि निर्माता निर्देशक मनोज पांडेय ’टेरर स्ट्राइक’ जइसन कई गो बॉलीवुड फिलिम बनवले बाड़न आ अब उनुकर भोजपुरी फिलिम बनावे में उतरल खुशी के बाति बा.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..