सपना सपना तूड़ दिहली

मशहूर हरियाणवी डांसर आ गायिका सपना चौधरी का बारे में दू दिन से कांग्रेस भौकाल बनावल रहुवे कि सपना चौधरी कांग्रेस में शामिल हो गइल बाड़ी आ उनुका के मथुरा से हेमा मालिनी का खिलाफ लड़ावहूँ के चरचा शुरु हो गइल रहुवे.
आजु सपना चौधरी एह बाति से साफ मुकर गइली कि ऊ कांग्रेस भा कवनो राजनीतिक गोल में शामिल भइल बाड़ी भा शामिल होखीहें. उ कननो गोल के प्रचारो नइखा करे वाला.
जान जाईं कि जबसे एह बाति के चरचा शुरु भइल रहुवे तबहिएं से भाजपा के समर्थक उनुकर मजाक उड़ावे आ एही बहाने सोनिया पर टोंट कसे मे लाग गइल रहुवन.
बाकिर अब जब सपना चौधरी खुद साफ कह दिहले बाड़ी त अब एहपर कवनो विवाद बनवला भा कइला के जरुरत ना होखे के चाहीं. वइसे इहो सोचा वाली बाति होखी के आजु का माहौल में कवनो आदमा अपना होशो हवाश में कांग्रेस में नया शामिल होखे के चाहीं. हँ बाकी जगहन से दूरदुरवला का बाद केहु शॉटगन बनल चाहे त दोसर बाति बा.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।