सफलता के तिकड़ी लगवलन राकेश मिश्रा

RakeshMishra_Monalisa
अपना पहिलके फिलिम ‘प्रेम दिवानी’ से सुपर स्टार के कुर्सी पर जा बइठल राकेश मिश्रा अब अपना सफलता के तिकड़ी लगा लिहले बाड़न. राकेश मिश्रा के दुसरकी फिलिम ‘जब प्यार किया तो डरना क्या’ पहिलहीं से कामयाबी के परचम लहरवत बिया त अब हालही में रिलीज उनकर तिसरकी फिलिम ‘दीवानगी हद से’ कामयाबी के झंडा गाड़ दिहले बिया. एकर निर्देशन दिनेश यादव कइले बाड़न त निर्माण ‘कसम वर्दी की’ जइसन कामयाब फिलिम बनावे वाला कांति लाल पी. मारू हउवन.

अपनी तिसरकी फिलिम के मिलल कामयाबी पर राकेश मिश्रा अपना चाहेवाला दर्शकन के धन्यवाद दिहले बाड़न आ भरोसा जतवले बाड़न कि लोग अगहु उनका के एही तरह पसंद करत रही.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..