सराहल जाता रानी चटर्जी के
-

भोजपुरिया दर्शकन के दिल के धड़कन आ सिनेमा भोजपुरी के रानी रानी चटर्जी के सगरी सराहल जात बा. ई सराहना होखत बा हालिया रिलीज फिल्म ‘‘ज्वालामण्डी’’ रानी के शानदार अदाकारी ला. फिल्म में रानी एगो अइसन लड़िकी के किरदार कइले बाड़ी जेकरा के ओकर मामा एगो कोठा पर बेच देत बा, फेर ओकर प्रेमी कवना तरह ओकरा के कोठा से बचावत बा इहे एह फिल्म में देखावल गइल बा.

रानी चटर्जी के नायक बाड़ें बड़का स्टार रविकिशन. रानी चटर्जी एह फिल्म के सफलता से बहुते खुश बाड़ी आ एकर श्रेय निर्देशक जगदीश शर्मा आ निर्माता राजू सिंह के देत बाड़ी.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts