सांसद स्व॰ उमाशंकर सिंह के श्रद्धांजली दिहल गइल

Bhawuk-at-UmashankarSingh-condolanceराष्ट्रीय जनता दल के महाराजगंज से सांसद रहल समाजसेवी नेता स्व॰ उमाशंकर सिंह के स्मृति में श्रद्धा सुमन अर्पित करे खातिर उनका आवास 16, राजेंद्र प्रसाद मार्ग, नयी दिल्ली में एगो श्रद्धांजली सभा आयोजित कइल गइल.

श्रद्धांजली सभा के शुरुआत लोकसभा स्पीकर मीरा कुमार, सांसद आ पूर्व केन्द्रीय मंत्री राम विलास पासवान, बिहार के पूर्व मुख्यमंत्री आ सांसद लालू प्रसाद यादव उमाशंकर बाबू के प्रतिमा पर फूल चढ़ा के आ दिया जरा के कइलन. ओकरा बाद भोजपुरी साहित्यकार मनोज भावुक स्व॰ उमाशंकर सिंह के जीवन सफ़र पर पर्चा पढ़लें अउर उनका के संघर्ष आ सादगी के प्रतिमूर्ति बतवलें.

श्रद्धांजली सभा में आपन उदगार व्यक्त करत लालू प्रसाद यादव उमा बाबू के जुझारू आ ईमानदार नेता कहलें त राम विलास पासवान उनका के ग़रीब आ किसान के नेता कहलें. भाजपा प्रवक्ता रवि शंकर प्रसाद कहलें की उमाशंकर बाबू के कबो अपना पद के गुमान ना भइल. लोकसभा स्पीकर मीरा कुमार भावभींजल श्रद्धांजली अर्पित करत आ दिवंगत नेता के साथ के संस्मरण याद करत कहली की ”हम हमेशा उमा बाबू से भोजपुरिये में बतियाईं.”.
श्रद्धांजली सभा में सर्वश्री मोती लाल बोरा, रेल मंत्री पवन कुमार बंसल, सचिन पायलट, शिवानन्द तिवारी, कौशलेन्द्र कुमार, जगदीश शर्मा, ड़ा॰ भोला सिंह, कैप्टन जयनारायण निषाद, रमा देवी, ड़ा॰ रघुवंश प्रसाद सिंह, पुतुल कुमारी, राम सुन्दर दास, निखिल कुमार चौधरी, ड़ा॰ संजय जायसवाल, भूदेव चौधरी, अश्वमेघी देवी, राधामोहन सिंह, मीना सिंह, माहेश्वर हजारी, महाबली सिंह, उदय सिंह, मो॰ शबीर अली, प्रेम चन्द्र गुप्ता, धनञ्जय सिंह, नीरज शेखर, कमांडो कमल किशोर, योगी आदित्य नाथ, कमलेश पासवान, अरविन्द कुमार, दारा सिंह चौहान, जगदम्बिका पाल, जय राज सिंह, गणेश सिंह, मंडा जगन्नाथ नागर, एम्. पल्लव राजू, गुल चरण सिंह चरक, अनुराग ठाकुर, परवेज़ हाशमी, सुमित्रा महाजन, संतोष गंगवार, फ्रांसिस्को सारदीना, उदय प्रताप सिंह, हरीश पाठक समेत दर्जनों सांसद, समाजसेवी, पत्रकार आ भाई बन्धु उपस्थित रहलें.

श्रद्धांजली सभा के संचालन कवि मनोज भावुक बहुते संयमित अंदाज़ में कइलें. दिवंगत सांसद के पुत्र जीतेंद्र स्वामी बहुते भावुक होके आइल अतिथियन के धन्यवाद ज्ञापन कइलें.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *