साख जमा अनुपात में सुधार ला सरकार बैंकन पर दबाव बढ़वलसि

बिहार के उपमुख्य मंत्री सुशील कुमार मोदी कहले बाड़न कि बैंकन ला नया मानक बनावल जात बा आ अब ओह मानक पर खरा उतरे वाला बैंके में सरकार के धन जमा कइल जाई. कहलन कि सरकारी प्रयास का चलते पिछला साल का मुकाबिले साख जमा अनुपात बढ़ल बा.

जान जाईं कि केतना जमा बैंकन के मिलल आ केतना कर्जा भा साख बैंक एहिजा दिहले ओकरे अनुपात के साख जमा अनुपात कहल जाला. बिहार आ यूपी के साख जमा अनुपात राष्ट्रीय औसतो ले कम बा. एकर मतलब भइल कि बैंक बिहार आ यूपी में धन बिटोरेलें आ दोसरा रा्ज्यन में करजा बाँटेलें.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *