साधु के भेस ध के गहना उडवलन स

मझौवां, बलिया। हल्दी थाना क्षेत्र के सुल्तानपुर गांव में दूगो ठग साधू के भेस ध के पप्पू तिवारी के मेहरारू जेवन अपना घर में अतवार के दुपहरिया में अकेले लइकन के साथे रहुवी उहवां पहुंचि के उनकरा से अमंगल होखे के बाति कहे लगुवन स। अमंगल के मंगल में बदले खातिर उपाय पूछला पर दूगो ठगवा कहुवन स कि अपना घर के सोना के गहना लेइ के आ थोरे चाउर के ढेरी बनाव आ ओहि में राखि के तोप द हमन के मंत्र पढि़ के अमंगल दूर कइ देइब जा। उ चाउर आ 60 हजार के गहना ले आ के उन्हनिन के सामनही चाउर के ढेरी में ढांकि दीहुवी। एही बीच उ मंत्र पढुवन स आ दुर्इ घंटा बाद निकाले के कहि के चलि गउवन स। दुर्इ घंटा बाद जब उ चाउर में से गहना निकाले लगुवीं त खाली ओमें कागज मिलुवे गहना नाहीं मिलुए तब उनका बुझउवे कि उ ठग रहुवन स आ गहना धोखा दे के ले के भागि गइलन स। परिवार के लोग खूबे खोजुए बाकी उ दूनो ना भ्ेाटउवन स।

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।