सिनेमा भोजपुरी के हलचल

hw-pakhiरीगल थिएटर के फिलिम “हंटरवाली” में दू गो नया गाना जोड़ल गइल बा. फणीन्द्र राव के लिखल एह दुनु गाना के पामेला जैन गवली. संगीत दिहलें विनोद गौड़. एकर टाइटिल रोल में पाखी हेगड़े बाड़ी.

डा॰ सुनील कुमार के फिलिम “प्रेम दीवानी” के शूटिंग पूरा हो गइल बा. शूटिंग हैदराबाद आ मुंबई में भइल बा. एह फिलिम से पहिला बेर गायक राकेश मिश्रा के लाँच कइल जात बा. साथे बाड़ी रानी चटर्जी, स्मृति सिन्हा, आ मोनालिसा.

प्रसाद फिल्म इंटरप्राइजेज के फिलिम “धरती के लाल” के दुसरका गाना राजेश गुप्ता के संगीत निर्देशन में कल्पना का आवाज में रिकार्ड करावल गइल. गीतकार हउवें विनय बिहारी. फिलिम के शूटिंग बिहार के बोधगया, राजगीर, आ, नालन्दा में करावल जाई.

ज़फर कमाल के फिलिम “गुलाब थिएटर” अब १५ मार्च के बिहार के तीस गो सिनेमाघर में रिलीज कइल जाई. मेंहदी हसन के बनावल आ क़मर हाजीपुरी के निर्देशन में बनल एह फिलिम के मुख्य कलाकार हउवें कल्पना शाह, विनय आनन्द, सुमीत बाबा, ब्रजेश त्रिपाठी वगैरह.

विजय फिल्म्स आ माँ शारदा फिल्म प्रोडक्शन के फिलिम “फूल और काँटे” के सेंसर बोर्ड “ए” सर्टिफिकेट दिहले बा. एह एडल्ट फिलिम के जल्दिए बिहार झारखण्ड में रिलीज कइल जाई.

ईशा हर्ष फिल्म्स के “मैदान-ए-जंग” के मिक्सिंग के काम चलत बा. अभय सिंह आ विनोद गोप के बनावल एह फिलिम के निर्देशक हउवें पराग पाटिल.

संत बहादुर फिल्म्स के “बेदर्दी बालमा” के पहिला कॉपी अगिला हफ्ता निकले के उमेद बा. निर्देशक हउवें रतन सिन्हा आ मुख्य कलाकार बाड़ें प्रीति जैन, दिनेश लाल यादव निरहुआ, दीपक विक्रम वगैरह.

संगीतकार दामोदर राव के भोजपुरी फिल्म इन्स्पेक्टर चांदनी की शूटिंग शुरू भइल.‏


(समरजीत, शशिकांत सिहं, आ संजय भूषण पटियाला के रपट से)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..